सरस्वती वंदना

मइया हंस पर सवार रुपवा मनमाँ मोहेला
मइया हंस पर सवार रुपवा मनमाँ मोहेला
माथे पर मुकुट माई के कान में कुंडलवा,
साँवली सुरतिया इनकर कोमल वा नयनमाँ
रुपवा मनमाँ मोहेला
रुपवा मनमाँ मोहेला
मईया हंस पर सवार रुपवा मनमाँ मोहेला ।

एक हाथ वीणा माई के दूजे वा पुरणमाँ,
वस्त्र वा सफेद इनकर कमल असनमाँ
रुपवा मनमाँ मोहेला
रुपवा मनमाँ मोहेला
मईया हंस पर सवार रुपवा मनमाँ मोहेला ।

सरस्वति नाम इनकर करे विद्यादनमाँ ,
सब मील करऽ हमनी इनकर नमनमाँ
रुपवा मनमाँ मोहेला
रुपवा मनमाँ मोहेला
मईया हंस पर सवार रुपवा मनमाँ मोहेला ।

सरस्वति माई दिहऽ राजीव पर धेयनमाँ,
राजीव रंजन गावता बनाई तोर भजनमाँ
रुपवा मनमाँ मोहेला
रुपवा मनमाँ मोहेला
मईया हंस पर सवार रुपवा मनमाँ मोहेला
मईया हंस पर सवार रुपवा मनमाँ मोहेला।